Saturday, January 2, 2021

साउंड बॉक्स

 #ठेठ_पलामू:- साउंड बॉक्स

आज इ फोटो देखली त बहुते पुरान स्मृति ताजा हो गइलक। उ समय में घर में #टेप रिकॉर्डर, डेक अाऊ #साउंड_बॉक्स रहना बहुत बढ़ चीज रहत रहे। गाना में बुलंद आवाज अाऊ झंकार अइसन कि आस-पड़ोस के लोग भी मगन होकर गाना में डूब जात रहन।
इ उ समय के बात बा जब टीवी देखे ला त दूर के बात बा, बहुत लोग ओकर नामों नइ सुनले रहन। घर-घर में रेडियो रहे, लेकिन आपन मनपसंद गीत सुनना सबके बस के बात नाइ रहे। जेकरा घर में टेप रिकॉर्डर, डेक अाऊ साउंड बॉक्स रहत रहे, उ बेकत सौभाग्यशाली मानल जात रहे। घर के सब नवका जवान लइका के एके गो सपना रहत रहे कि ओकरो पास इ बाजा रहतक त उनकर जिनगी में आनंद आ जइतक।
गाँव-घर में केकरो तिलक चढ़तक अाऊ ओकरा टेप रिकॉर्डर साउंड बॉक्स सहित डेक चढ़तक त ओकर खुशी के ठेकाना नइ रहतक। फिर डाल्टेनगंज के #पचमुहान के गुमटी वाला दोकान में नया-नया #कैसेट खरीद के उ आपन कैसेट के संख्या बढ़इते जइतन। एक से बढ़कर एक सलाह देवे वाला अनुभवी लोग उनकर शौख में अाऊ तूफान लइतन कि-"स्पीकर के घड़ा में डालिए अउर मोट सूती कपड़ा के घड़ा के मुँह को बांध दीजिए। फिर देखिए अइसा आवाज, अइसा झंकार आएगा कि लगेगा कि मोहन सिनेमा हॉल में बइठ के गाना सुन रहे हैं।"
अब उ जमाना में हसन जहाँगीर के गीत - "हवा, हवा। ऐ हवा खुशबू लूटा दे।" अउर अताउल्ला खान के - "अच्छा सिला दिया ,तूने मेरे प्यार का" जैसे गानों का धूम था। गज़ल के शौकीन लोग के लिए गुलाम अली आऊ जगजीत सिंह के गज़ल पहिला पसंद रहे। बढ़-बुजुर्ग अाऊ धार्मिक लोग मुकेश के रामचरितमानस अाऊ अनूप जलोटा के भजन पर फिदा रहत रहन। बाद में 'आशिकी' अउर 'राजा हिन्दुस्तानी' के गाना के धूम मचल रहे।
अब सब हमीं बता देब त रउअन का बताइब? अगर इ फोटो देख के रउआ के भी आपन गुजरल समय के यादगार पल बतावे के मन करत बा, त जरूर बताएब। कमेंट बाक्स में रउअन के बात सुनकर उ समय के याद करे आऊ हँसे-मुस्कुराए में बहुते आनंद आई।
@Ajay Shukla
No photo description available.
You, Anand Keshaw, Dharam Prakash Mishra and 173 others
40 comments
16 shares
Like
Comment
Share

No comments:

Post a Comment