#ठेठ_पलामू:- अपन ठेठ पलामू
-----------------------------------------------------------
आपन जिला, आपन माटी
आपन जिला बा ठेठ पलामू।
ना झुकल कभी केकरो आगे,
मुगल से लेके अंग्रेज तक भागे,
राजनीति में भी रहलक बनल शान,
अइसन बा हमर पलामू के आन।
कोयल-अमानत सबके जान,
सबसे बड़का यहीं पलाश बागान,
दुनिया भर में जानल जाला,
अभ्रक कोयला ग्रेफाइट के खान।
जंगल जेकर सबसे सुन्दर,
नदी-पहाड़ ओकरो से बढ़कर
बोली में सबके प्यार-दुलार
हमर जिला पलामू बा अइसन महान।
बाघ-हाथी पलामू के शान,
पलामू किला,छमुहान बा पहचान,
देश-विदेश में पलामू के नाम,
कहे पलमुआ सीना-तान।
भाईचारा के बा ई मिसाल
झुके न कभी पलामू के नाम
हर जगह झंडा पलामू के गाड़
आपन माटी के बढ़ा सम्मान।
5,401
People reached
844
Engagements

No comments:
Post a Comment