Sunday, February 27, 2022

आपन बोली (कुन्डलीया छंद)

 

==================
आपन बोली मीठ बा, जइसन माई दूध।
भाषा बोलs जान के, ई हे सबसे सूध।
हे सबसे सूध, दूध बा सहज पवितर।
बानी पानी एक , बतावे भाव चलितर।
सुनs बेलौंजी लोग, ज्ञान के ई बा मापन।
माटी के बा महक, बोली बोल तू आपन।।
©श्रीधर प्रसाद द्विवेदी
(पलामू के प्रसिद्ध कवि)
No photo description available.

No comments:

Post a Comment